Bhojpuri

CE स्वीडन में राउर स्वागत बा

स्वीडन के व्यावसायिक परिदृश्य के खोजबीन करे में हमनीका अंतरराष्ट्रीय सेवार्थिन के मदद करेनीस। हमनीके परामर्शदाता राउर कंपनी, प्रौद्योगिकी अउरी कॉरपोरेट लक्ष्य के नीक से समझे खातिर भरपूर समय देवेलें। हमनीके जेवन समाधान प्रस्तुत करब, ऊ हमेशा रउरी अद्वितीय जरूरत के बिल्कुले अनुरूप होई।

स्वीडन अंतहीन अवसर वाला बहुते विकसित अउरी लाभप्रद देश ह। राउर वैश्विक उपस्थिति बढ़ावे अउरी नया-नया बाजार खोजे खातिर ई आदर्श जगह रही।

हमनी के सङे साझेदारी करीं। रउरी मार्गदर्शन खातिर हमनीके पग-पग प तैयार मिलब।

1 फोर्ब्स हाले खा स्वीडन के बिजनेस करे खातिर संसार के सबसे नीक देश – निवेशकन खातिर उपजाऊ जगह – मनले बा

2 स्वीडन के सांकेतिक प्रति व्यक्ति सकल घरेलू उत्पाद 56,956 अमेरिकी डालर बा माने संसार भर में सबकरा से ऊँच जीवन स्तर

3 यूरोप में सबसे उन्नत डिजिटल अर्थव्यवस्था अउरी क्षेत्र के सबसे विकसित नकदी-रहित समाज

4 वैश्विक प्रतिस्पर्धा सूचकांक के अनुसार स्वीडन संसार में सबसे प्रतिस्पर्धी अर्थव्यवस्था ह

5 स्वीडन के यूरोपीय संघ के सबसे नवोन्मेषी देश मानल जाला, जहवाँ प्रति व्यक्ति पेटेंट संख्या सबसे अधिका बीया

6 संयुक्त राष्ट्र के टिकाऊ विकास लक्ष्यन के पूरा करे खातिर स्वीडन के स्थिति संसार के बाकी सब देशन से नीमन बीया

परामर्श

बाजार विश्लेषण

शोध

आभासी कार्यालय

अनुवाद

0
वर्ष से व्यवसायरत
0
पेशेवर सहयोगी
0
अद्भुत सेवार्थी
0 %
संतुष्टि के गारंटी
मन-मुताबिक समाधान
हर सेवार्थी अलग तरह के होला - हर प्रकल्प अलग तरह के होला - एही से हमनीके हमेशा अइसन मन-मुताबिक समाधान देबे खातिर तत्पर रहेनीं, जेवना के रउरी विशिष्ट जरूरत अउरी लक्ष्य के अनुरूप बनावल गइल बा
स्थानीय ज्ञान
स्वीडन के सरकारी एजेंसिन, संस्थान अउरी कंपनियन से अपनी गहरा जुड़ाव के चलते हमनीका राउर समस्या के तुरंत आसान समाधान क सकेनी
हमनीके विशेषज्ञता के लाभ उठाईं
हमनीका रउरी सफलता खातिर सहायता देब स - सालन से हमनीके जेवन अंतर्दृष्टि मिलल बा, ऊ स्वीडन में रउरी सफलता खातिर कुंजी के काम करी
मापन अउरी अंतदृष्टि
हमनीके ओर से प्रस्तुत मै रणनीति अउरी क्रिया में ए बात के मापे के साफ तरीका शामिल बा कि रउरी बिजनेस अउरी विपणन लक्ष्य पर उनकर का प्रभाव पड़ेला
सेवा उत्कृष्टता
हमनीके परिणाम हमनीके दिहल सेवा के गुणवत्ता अउरी ओकरी चलते आखिरकार रउरी सफलता से सीधे जुड़ल बाड़े - पग-पग पर रउरी सहायता खातिर हमनीका हमेशा तत्पर बानीं

नवीनतम समाचार

Loading RSS Feed
आईं, संभावना के पता लगावल जाऊ!

अधिका जाने खातिर हमनीसे संपर्क करीं

error: Innehållet är skyddat!